#JaunpurNews : प्रभू हारि गएन मथुरा अउर काशी से अयोध्या के वासी से न | #NayaSaveraNetwork
नया सवेरा नेटवर्क
बनारस में इतना काम करवाने के बावजूद मोदी जी के वोटों की संख्या घट गई। पांच सदी के वनवास और तंबू में रहने वाले प्रभू राम का भव्य मंदिर बन गया, और मथुरा में भगवान श्री कृष्ण के भव्य मंदिर बनाने का आश्वासन मिलने के बावजूद अयोध्या में राम मंदिर बनवाने वाले चुनाव हार गए। तब कलम खुद बोल उठी -
प्रभू हारि गएन मथुरा अउर काशी से
अयोध्या के वासी से न।
मिलल पहिली बेरी हार,
पड़ल मंथरा क मार,
चक्रधारी हारि गइलेन एक दासी से,
अयोध्या के वासी से न।
कैकेई में स्वार्थ जाग,
कइलीं दशरथ से मांग,
चौदह वर्ष पाला परि गइल वनवासी से
अयोध्या के वासी से न।
काटि अइलें चउदह साल,
धोबी बनि गइल कराल,
सिया त्याग जिनगी बितउलेन पियासी से
अयोध्या के वासी से न।
कवनउ सुर रहल न ताल,
तंबू में रहेन बेहाल,
धाम बनल, पिंड छुटल तब उदासी से ,
अयोध्या के वासी से न।
आवइं भक्त अपरंपार,
बढ़ल धंधा अउ व्यापार,
लोग एकरा तुलना करइ लगेन फांसी से,
अयोध्या के वासी से न।
जातिवाद वाला खेला,
लड़ल मुलायम क चेला,
जइसे रेल मंत्री लड़त हों खलासी से
अयोध्या के वासी से न।
हारे धोबी से श्रीराम,
अबकी फिनि भइल कोहराम
राम वंश हारि गएन एक पासी से,
अयोध्या के वासी से न।
प्रभू हारि गएन मथुरा अउर काशी से
अयोध्या के वासी से न।
*सुरेश मिश्र
Tags:
Hindi News
Jaunpur
Jaunpur Live
Jaunpur Live
News
jaunpur news
Jaunpur News in Hindi
Purvanchal News
recent
Uttar Pradesh News