BREAKING

Poetry: कहवाँ मोरि गइल बहार


नया सवेरा नेटवर्क

बेहद हृदयस्पर्शी दर्दनाक भोजपुरी विरह गीत-

' कहवाँ मोरि गइल बहार '


सूनी भइली  मोरी कोठरिया

सूनी भइली चलति डगरिया

सुनी दुनिया,,, सूनी कुटिया 

सून भइल संसार

कहवाँ मोरि गइल बहार।

हो,कहवाँ मोरि गइल बहार।।


सूनी रतिया,,सूनी बतिया

भोरहीं साँझी अउ दिन रतिया 

पीटि-पीटी रोईं आपन छतिया

सून भइल तिजियौ त्योहार

कहवाँ मोरि गइल बहार।

हो,कहवाँ मोरि गइल बहार।।


सांझ बिहनवां दिनवां रतिया 

तोहरी कइली हम खिदमतिया

करत रहली बहुतै प्यार

काहें तूँ बनवलू  दूसर यार

कहवां  मोरि  गइल  बहार।

हो, कहवां मोरी गइल बहार। ।


नई नई यारी में अइसन पगलइलू 

यार बरिशवा के जीतइ तूँ मुअइलू 

अरे,तोड़ी दिहलू वायदा तूँ हजार

छोड़ी दिहलू सपने क घर बार

कहवां मोरि गइल बहार।

हो,कहवां मोरि गइल बहार।।


सूनि अटरिया घरवा दुअरिया

सून भइल कुलि खेतवा खेतरिया 

हो ल तकलीफिया  अपार

कहवां  मोरि  गइल  बहार

हो, कहवां मोरि गइल बहार।

हो,रानी मोरी 

केकरा गइलू बनिके बहार।।


गीतकार

विजय मेहंदी

जौनपुर (उ0प्र0)

9198852298


एस.आर.एस. हॉस्पिटल एण्ड ट्रामा सेन्टर  📍 तेज डायग्नोस्टिक सेन्टर के सामने (पेट्रोल पम्प के बगल में), नईगंज तिराहा, जौनपुर   ☎️ 7355 358194, 05452-356555      🏥🏥🏥  👨🏻‍⚕️ डा. अभय प्रताप सिंह  MBBS (KGMU), DNB(Ortho), MS (Ortho) UCN, FIJR (Germany), MNAMS आर्थोस्कोपिक एण्ड ज्वाइंट रिप्लेसमेन्ट आर्थोपेडिक सर्जन हड्डी रोग विशेषज्ञ ओ.पी.डी. प्रतिदिन  👨🏻‍⚕️ डा. आनन्द त्रिपाठी  MBBS, MD, DM (Neuro) न्यूरो फिजिसियन ओ.पी.डी. प्रतिदिन  👨🏻‍⚕️ डा. राजेश त्रिपाठी  MBBS, MD (Anesthisia) एनेस्थिसिया रोग विशेषज्ञ ओ.पी.डी. प्रतिदिन  👩🏻‍⚕️ डा. नेदा सलाम  CGO स्त्री एवं प्रसूति रोग विशेषज्ञ ओ.पी.डी. प्रतिदिन  👨🏻‍⚕️ डा. एस. के. मिश्र  MBBS, MS (General Surgeon) जनरल सर्जरी विजिटिंग ऑन काल  👩🏻‍⚕️  डा. चंचला मिश्रा  MBBS, MS (Obs & Gyn.) स्त्री रोग विशेषज्ञ विजिटिंग ऑन काल  👨🏻‍⚕️ डा. अरविन्द कुमार अग्रहरि  MBBS, MS, MCH (Neuro) न्यूरो सर्जन विजिटिंग ऑन काल
विज्ञापन

*जौनपुर टाईल्स एण्ड सेनेट्री | लाइन बाजार थाने के बगल में जौनपुर | सम्पर्क करें - प्रो. अनुज विक्रम सिंह, मो. 9670770770*
विज्ञापन



नया सबेरा का चैनल JOIN करें